
- Song- Bambai Main Ka Ba
- Singer and Performer – Manoj Bajpayee
- Lyrics – Dr Sagar
- Video Director – Anubhav Sinha
- English Lyrics – Sankarshan Thakur
- Music – Anurag Saikia
- News Footage Courtesy – Barkha Dutt (Mojo)
- Music Label – T Series
Bambai Main Ka Ba Hindi Lyrics
[ad_1]
बम्बई में का बा
इहवाँ का बा
ना त बम्बई में का बा
इहवाँ का बा..
दू बिगहा में घर बा लेकिन
सुतल बानी टेम्पू में
जिनगी ई अझुराईल बाटे
नून तेल और शैम्पू में
मनवा हरियर लागे भइया
हाथ लगौते माटी में
जियरा अजुओ अटकल बाटे
घर में चोखा बाटी मेंका बा.. इहवाँ..
जिनगी हम ता जिये चाहीं
खेत बगइचा बारी में
छोड़ छाड़ सब आयल बानी
हम इहवाँ लाचारी मेंकहाँ? ना त बम्बई में का बा..
इहवाँ.. का बा..
ना त बम्बई में का बा..बन के हम सिक्यरिटी वाला
डबल द्युटिया खटल तानी
ढिबरी के बाती के जइसे
रोज़ रोज़ हम घटत तानीकेकरा एतना सौख बाटे
मच्छर से कटवावे के
के चाहेला ऐ तरह
अपने के नरवासाहे केका बा.. इहवाँ.. का बा..
गाँव शहर के बिचवा में हम
गजबय कन्फुजीआईल बानी
दू जून के रोटी ख़ातिर
Bombay में हम आईल बानीना त बम्बई में का बा
इहवाँ.. का बा..हेलो.. हेलो… ऐ सुनाता
ऐ कहाँ बाड़ू
ना… होली में… होली में… आवा तानी
ठीक बा…घी दूध और माठा मिसरी
मिलेला हमारा गाँव में
लेकिन इहाँ काम चलत बा
खाली भजिया पावय में
खाबा काकाम काज ना गांव में बाटय
मिळत नाही नौकरिया हो
देखा कइसे हाकत बाड़ें
जइसे भेड़ बकरिया होना त बम्बई में का बा
इहवाँ.. का बा..धत्त साला…. हटा
काम धाम रोजगार मिलय ता
गउएँ सड़क बनैति जाय
जिला जवाडी छोड़ के इहवाँ
ठोकर काहे खईति जायेना त बम्बई में का बा
इहवाँ.. का बा..केसे केहू दुखवा बाटय
हम केतना मजबूर हईं
लड़ीका पड़ीका मेहरारू से
एक बरस से दूर हईं
के छोड़ेला बा ऐ तरह
अब हमहन के लाचारी में
अपना छोटकी बुचिया के हम
भर ना सकी अकवारी मेंऐ बॉबी.. आउ ना … गोदिया में आउ ना
अरे इहाँ सुत ना
गोदिया में सुत जो
हा हा हाबूढ़ पुरनिया माई बाबू
ताल तलइया छूट गईल
केकरा से देखवाई मनवा
भीतरे भीतर टूट गईलना त बम्बई में का बा
इहवाँ.. का बा..हसुआ और ई खाँची फरुआ
बड़की चोंख कुदार उहाँ
लमहर चाकर घर दू तलिया
हमरो है सरकार वहांहमरे हाथ बनावे बिल्डिंग
आसमान के छुअत बे
हम ता झोपड़पट्टी वाला
हमरय खोली चुअत बेका बा.. इहवाँ…
आ के देखा शहरिया बबुआ
का भेड़िया धसान लगे
मुर्गी के दरबा में जइसन
फसल सबय के जान लगयना त बम्बई में का बा
इहवाँ.. का बा..एतना मुअला जियला पर भी
फूटल कौड़ी मिलत ना
लौना लकड़ी खर्ची बरछी
घर के कमवा जुरत नामहानगर के तौर तरीका
समझ में हमरा आवे ना
घड़ी घड़ी पे डाटय लोगवा
ढंग से केहू बतावे नाना त बम्बई में का बा
इहवाँ.. का बा..जबरा के हथवा में भइया
नियम और कानून उहाँ
छोट छोट बतियन पे उ
कई देलस ख़ून उहाँऐ समाज देखा केतना ऊंच नीच का भेद हवे
उनका ख़ातिर संविधान में ना कोई अनुच्छेद हवेइहवाँ.. का बा..
ना त बम्बई में का बाबेटा बेटी लेके गावं में जिंदगी जिए मोहाल हवे
ना नीमन स्कूल कहीं बा ना नीमन अस्पताल हवेना त बम्बई में का बा
इहवाँ.. का बा..
ना त बम्बई में का बाजुलम होत बा हमरी सगवां केतना अब बरदास करी
देस के बड़का हाकिम लोग पर अब कइसे विसवास करींहम ता भुइयां लेकिन तोहरा बहुत ऊंच सिंघासन बा
सब जानय ला केकरा चलते ना घरवा में रासन बाइहवाँ.. का बा..
हे साहेब लोग…
हे हाकिम लोग
हमरो कुछ सुनवाई बा
गांव में रोगिया मरत बाड़ें
मिळत नहीं दवाई बाबम्बई में का बा
इहवाँ.. का बा..
ना त बम्बई में का बा
इहवाँ.. का बा..चला बाबू बड़ा लम्बा रास्ता बा
जब ले जान रही गोड़ चलत रही बाबू
चला… कंधा पे ले एकरा के
चल ना.. बानी नु हमअरे कुछ ना पंद्रह सौ KM कहा ता लोग
अरे चल जाई आदमी
आँ… चल जाई आदमी
चल जाई … चल जाईअरे बस भोले नाथ के नाम ला
चल बम
बोल बम बोल बम..
[ad_2]